कहवाँ से आवेली छठी मईया
कहवाँ से आवेली छठीअ मईया, कहवाँ लिहली बसेर-०२
कहवाँ से आवेले सूरज मल, अरघिया के हो बेर-०२
स्वर्ग से आवेली छठीए मईया, गंगा तीरे लिहली बसेर-०२
देव लोक से आवेले सुरुज मल, अरघिया के हो बेर-०२
केई रे चढ़ावेला कोलसुप, भर के फल फलहार-०२
त अचरा पर पान फूल लेइ के, कउन तिवई खाड़-०२
और इसे भी देखें: पहिला बेर कइनी हम परबवा छठी मैया
राजवा चढ़ावेला कोलसुप, भर के फल फलहार-०२
त अचरा पर पान फूल लेइ के, निर्धन तिवई खाड़-०२
केकर लोरवा पोछली छठिअ मईया, गोदिया में देइ के लाल-०२
कउन दुःख हरले आदित्य मल, बरती होले खुशहाल-०२
बाँझिन लोरवा पोछ्ली छठिअ मईया, गोदिया में देइ के लाल-०२
रोग दुःख हरले आदित्य मल, बरती होले खुशहाल-०२





