कोपी कोपी बोलेली छठी मैया
कोपी कोपी बोलेली छठी मैया सुनि ए सेवक लोग,
सुनि ए सेवक लोग, सुनि ए सेवक लोग,
मोरा घाटे दुबीया उपज गइले, मकरी बसेरा लिहले,
मकरी बसेरा लिहले, मकरी बसेरा लिहले।
कोपी कोपी बोलेली छठी मैया सुनि ए सेवक लोग,
सुनि ए सेवक लोग, सुनि ए सेवक लोग,
ए मोरा घाटे दुबीया उपज गइले, मकरी बसेरा लिहले,
मकरी बसेरा लिहले, मकरी बसेरा लिहले।
ए हाँथ जोड़ी कहेले पंकज सेवका, सुनि ए छठी मैया,
सुनि ए छठी मैया, सुनि ए छठी मैया,
रउरा घाटे दुबीया गढ़ाई देबो, मकरी उजारी देबो,
मकरी उजारी देबो, मकरी उजारी देबो।
ए हंसी हंसी कहेले पिंकिया देवी, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
हाँथ में सिंधोरा लिहले, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
ए रउरा घाटे गोबरा लिपाई देबो, चंदना छिड़काई देबो,
चंदना छिड़काई देबो, चंदना छिड़काई देबो।
ए हाँथ जोड़ी कहेले अशोक सेवका, सुनि ए छठी मैया,
सुनि ए छठी मैया, सुनि ए छठी मैया,
रउरा घाटे दुबीया गढ़ाई देबो, मकरी उजारी देबो,
मकरी उजारी देबो, मकरी उजारी देबो।
ए हंसी हंसी कहेले प्रतिमा देवी, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
हाँथ में सिंधोरा लिहले, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
ए रउरा घाटे चलनी तनायी देबो, कोसिया भराई देबो,
कोसिया भराई देबो,कोसिया भराई देबो।
ए हाँथ जोड़ी कहेले किशोर सेवका, सुनि ए छठी मैया,
सुनि ए छठी मैया, सुनि ए छठी मैया,
रउरा घाटे दुबीया गढ़ाई देबो, मकरी उजारी देबो,
मकरी उजारी देबो, मकरी उजारी देबो।
ए हंसी हंसी कहेले उषा देवी, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
हाँथ में सिंधोरा लिहले, हाँथ में सिंधोरा लिहले,
ए रउरा घाटे बजना बजवाई देबो, दूधवे अरघ देबो,
दूधवे अरघ देबो, दूधवे अरघ देबो।