तीज के बरतिया
पाहिला बेरा कइले बानी तीज के बरतिया, बेरी बेरी करे करजोड़िया,
पाहिला बेरा कइले बानी तीज के बरतिया, बेरी बेरी करे करजोड़िया,
अरे ऐ भोलेबाबा बड़े भोला मोर सांवरिया, लग जाव हमरो उमरिया-०२
मंगिया में सेनूरा बनके चमकस हर दिन हो, उनके ला भूखल बानी बरत हम कठिन हो,
मंगिया में सेनूरा बनके चमकस हर दिन हो, उनके ला भूखल बानी परव हम कठिन हो,
सोरहो श्रृंगार मोर बलमुये पे बाड़ूये, एहि के लागल बा फिकिरिया-०२
अरे ऐ भोलेबाबा बड़े भोला मोर सांवरिया, लग जाव हमरो उमरिया-०२
बहुत हीं लोकप्रिय तीज गीत
गौरा जी खुश बाड़े राउरा के पा के, सब लागे फीका हमरा पियबा के आगे,
हाँ गौरा जी खुश बाड़े राउरा के पा के, सब लागे फीका हमरा पियबा के आगे,
शुभ शुभ बीते शुभम अंजलि के जिनगी, एहे बा हमरो गोहारिया,
शुभ शुभ बीते चिंटू अंजलि के जिनगी, एहे बा हमरो गोहारिया,
अरे ऐ भोलेबाबा बड़े भोला मोर सांवरिया, लग जाव हमरो उमरिया-०२