| |

मथुरा में कृष्ण जी जन्मलें

  • Mathura Mein krishn Ji Janamlein

मथुरा में कृष्ण जी जन्मलें, बधाईया बाजे गोकुल,
बधाईया बाजे गोकुल में हो, ये ललना,
ये ललना नन्द घर भइले गुलजार, अंगनवा होखे सोहर हो,
ये ललना नन्द घर भइले गुलजार, अंगनवा होखे मंगल हो।

मथुरा में कृष्ण जी जन्मलें, बधाईया बाजे गोकुल,
बधाईया बाजे गोकुल में हो, ये ललना,
ये ललना नन्द घर भइले गुलजार, अंगनवा होखे सोहर हो।

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया,
कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया, रहल बरसतिया,
रहल बरसतिया नु हो,
ये ललना लिहलन ब्रह्म अवतार, ललन भइले शुभल हो।

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया,
कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया, रहल बरसतिया,
रहल बरसतिया नु हो, ये ललना,
ये ललना लिहलन ब्रह्म अवतार, ललन भइले सोहर हो।

गावअ तारी बृजवा के नारी, नारी,
नारी, नारी,
गावअ तारी बृजवा के नारी, मांगेली नेग भारी,
मांगेली नेग भारी नु हो, ये ललना,
ये ललना आशीर्वाद धरीं सहजार, यशूलाल सोहर हो।

आरे गावअ तारी
आरे बृजवा के नारी,
गावअ तारी बृजवा के नारी, मांगेली नेग भारी,
मांगेली नेग भारी नु हो, ये ललना,
ये ललना आशीर्वाद धरीं सहजार, ललन जिए सोहर हो।

यशोदा झुलाव तारी,
झुलाव तारी झुलाव तारी,
यशोदा झुलाव तारी पलना, झूलत बाड़े ललना,
झूलत बाड़े ललना नु हो, ये ललना,
ये ललना केहू लुटावे गले हार ,
लुटावे केहू मोहर हो।

लोकप्रिय सोहर: कन्हैया जन्म सोहर

यशोदा झुलावत वाड़ी,
यशोदा झुलावत वाड़ी,
यशोदा झुलावे, जशोदा झुलावे,
यशोदा झुलाव तारी पलना, झूलत बाड़े ललना,
झूलत बाड़े ललना नु हो, ये ललना,
ये ललना केहू लुटावे गले हार ,
लुटावे केहू मोहर हो,
ललना केहू लुटावे गले हार ,
लुटावे केहू मोहर हो,
ललना केहू लुटावे गले हार ,
लुटावे केहू सोहर हो।


मिलते-जुलते भजन...