| |

गंगा जी के घाटे देवता उतरले

  • Ganga Ji Ke Ghate Devta Utarle

गंगा जी के घाटे देवता उतरले,
काशी नगरिया में दीपवा जरावले,
हर हर महादेव के गूंजे जयकार,
देव दिवाली आइल हो दुआर।

सज गइल घाट, सज गइल गलियां,
झुमेले आज भोले के नगरिया,
गंगा जी के लहरिया मुस्काईल,
देव दिवाली मंगल घड़ी आइल,
सांझे सांझे गंगा नहइलीं,
माई के अचरा दीप सजाइलीं,
घंटा बाजे मंदिर के दुआरी,
आरती उतारेली दुनिया सारी,
शिव के नगरी के शोभा निराली,
देखे अइले देवता त्रिपुरारी,
घाटे घाटे पंडित मन्त्र सुनावे,
पांच लोग मिलके आरती गावे।

दीप के ज्योतिया जल में समाइल,
चंदा के छबिया लहरिया में आइल,
माई गंगा के महिमा अपार,
पावन भइल आज काशी के द्वार।

और इस भजन को भी देखें: काशी में खुशहाली है देव दिवाली है

कार्तिक पूर्णिमा के रात सुहानी,
गावेले मिलके नर और नारी,
भोले बाबा के दराशिया पाई,
गंगा माई के चुनरी चढ़ाई,
मनवा के मैल धो दिहिं मुरारी,
रखिह लाज हे भोले भंडारी,
बम बम बोले काशी नगरी,
जय गंगा मैया, जय त्रिपुरारी,
दीप जरत रहे घाट किनारे
भक्ति से महके,
भक्ति से महके, सगरे संसार।


मिलते-जुलते भजन...