धनिया हमार नया बाड़ी हो
पहिले पहिले बरत कर ताड़ी,
कोशिया नु भर ताड़ी,
थोड़े थोड़े डर ताड़ी हो,
त भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया हमार नया बाड़ी हो,
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया इनकर नया बाड़ी हो।
शहरे में रहल बाड़ी धनिया,
विधि कुछउ ना जानस,
भूखे के बरत जिद करेली,
नाही कहला प मानस,
शहरे में रहल बाड़ी धनिया,
विधि कुछउ ना जानस,
भूखे के बरत जिद करेली,
नाही कहला प मानस,
कलसूप में दियवा जराव ताड़ी,
नारियल सजाव ताड़ी,
छठ गीत गाव ताड़ी हो,
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया हमार नया बाड़ी हो,
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया इनकर नया बाड़ी हो।
हाथ जोड़ी करेली विनतिया,
माई श्रद्धा पुरईह,
गोदिया में खेले इनका लालना,
अईसन कृपा बनईह।
हाथ जोड़ी करेली विनतिया,
माई श्रद्धा पुरईह,
गोदिया में खेले इनका लालना,
अईसन कृपा बनईह,
छठ के सामान सरियाव ताड़ी,
चूड़ी खनकाव ताड़ी,
पेन्हि के पियर साड़ी हो,
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया हमार नया बाड़ी हो,
भूल चूक छमा करिह ऐ हो छठी माई,
धनिया इनकर नया बाड़ी हो।