| |

देवकी के भईले ललनमा

  • Devki Ke Bhaile Lalanma

देवकी के भईले ललनमा त
कृष्ण के अवतार भइले हो
ललना नन्द घर बजेला बधइया
यशोदा आँगन सोहर हो …2 ।

बजे लागल बारहो बजनमा
तो गह गह नगर करय हो
ललना नन्द जी लूटावत हिरा –मोतीया
तो कृष्णा जन्म लिहलन
ये ललना यशोदा लुटावत अन धन सोनमां
तो कृष्ण जन्म लिहलन हो ।
मुखवा देखीये यशोदा हरषत
नन्द राजा विहषत हो
ललना सखीया सलेहर सब नाचत
मंगल गावत सोहर गावत हो …2 ।

पियरी पिताम्बर नन्द लावलन
सोने के खड़ाऊ लावलना हो
ललना बिहसी बिहसी यशोदा पेन्हवत
कान्हा के सजावतु हो ..2

ये ललना मोर कान्हा बड़ी निक लागेला
अति मन भावन हो ।
माथे मुकूट काने कुन्डल
पांव पयजनियानु हो
ललना सोने बसुरिया गढावलन
कान्हा बजावलन हो …2 ।

देवकी के भइले ललनमा
तो कृष्ण के अवतार भइले हो ।
ललना नन्द घर बजेला बधइया
तो नगर गुलजार भइले हो ।
ललना यशोदा घर बजेला बधइया
तो जगवा के पालनहार अइलन हो ।

मिलते-जुलते भजन...