छठी मईया आवेली

  • Chhathi Maiya Aaveli

साल भर में एक बेर छठी मैया आवेली,
जगमग सगरो अंजोर हो-०२
चल जाहूं आजु ना बरसहुं मेघा,
निकल पुरुबबा के ओर हो-०२

जेकरा घरे माई पुजालीं, बारहो महीना रहे खुशहाली,
जहँवा बरतिया गीतिया गावेले, ओहि जगहिया लक्ष्मी जाई, ,
बड़ी सुकुवाँरी दुलारी छठी माई,
भींज जइहें चुनरी के कोर हो-०२
चल जाहूं आजु ना बरसहुं मेघा,
निकल पुरुबबा के ओर हो-०२

और इसे भी देखें: छठी माई अइहें मोर अंगनवा

गंगा महरानिया अमृत पनिया,
माई के तिरवा माई के पूजनीया,
राजा साथ रनिया साथ निर्धनीया,
आदित शरणीया सेवेले चरनिया,
मधुकर के साथे हाथ जोड़ले मतलबी,
शोभिता के अँखियाँ में लोर हो,
करीना के अँखियाँ में लोर हो
चल जाहूं आजु ना बरसहुं मेघा,
निकल पुरुबबा के ओर हो-०२


मिलते-जुलते भजन...