चली छठी माई के घाट
जय छठी मईया जय छठी मईया, जय छठी मैया जय जय माँ-०२
दउरा में धोई-धोई फलवा सजाईनी, फलवा सजाईनी
ताहि ऊपर दीया घिउ के जराईनी, घिउ के जराईनी
दउरा में धोई-धोई फलवा सजाईनी,
ताहि ऊपर दीया घिउ के जराईनी,
अरघ के बेर भईल, मानी ना बात,
पीयर-पीयर हाली धोतिया पहिर के,
चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट,
अहो राजा चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट।
छठी माई के कृपा से, भईले ललनवा,
कोसिया भराईव हम, बिच रे अंगनवा,
बिच रे अंगनवा, हो बिच रे अंगनवा,
ए हो छठी माई के कृपा से, भईले ललनवा,
कोसिया भराईव हम, बिच रे अंगनवा,
लगन में डूब जइहें दीनानाथ,
पीयर-पीयर हाली धोतिया पहिर के,
चली ना गंगा जी के घाट, अहो पिया चली ना छठी माई के घाट,
अहो राजा चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट।
जय छठी मईया जय छठी मईया, जय छठी मैया जय जय माँ-०२
चौबीस उखिया से घेरा बनवाइब,
छठी माई के घटिया पर, बाजा बजवाइब,
बाजा बजवाइब, हो बाजा बजवाइब,
चौबीस उखिया से, घेरा बनवाइब,
छठी माई के घटिया पर, बाजा बजवाइब,
राजू शुभ दयाल छोटू देखे बड़ जात,
पीयर-पीयर हाली धोतिया पहिर के,
चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट,
अहो राजा चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट।
इस गीत का भी अवलोकन करें: कखन उगतई मोरा दीनानाथ
दउरा में धोई-धोई फलवा सजाईनी,
ताहि ऊपर दिया घिउ के जराईनी,
अरघ के बेर भईल, मानी ना बात,
पीयर-पीयर हाली धोतिया पहिर के,
चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट,
अहो राजा चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट,
पीयर-पीयर हाली धोतिया पहिर के,
चली ना गंगा जी के घाट, अहो राजा चली ना छठी माई के घाट।



