अरे अंगना तुलसी के गछिया
अरे अंगना तुलसी के गछिया
भूईयवे लोटे हो डाढ़
अरे अंगना तुलसी के गछिया
भूईयवे लोटे हो डाढ़ ||
अरे ताही तर बाझिन तिरियवा
अरघ लिहले हो खाढ़
अरे ताही तर बाझिन तिरियवा
अरघ लिहले हो खाढ़ ||
अरे सब कर अरघिया
ए दीनानाथ लिहनी जूठार
अरे सब कर अरघिया
ए दीनानाथ लिहनी जूठार ||
अरे बाझीन के अरघिया
ए दीनानाथ ठहर तवाय |
अरे बाझीन के अरघिया
ए दीनानाथ ठहर तवाय ||
अरे कवन अईगुनवा
ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव
अरे कवन अईगुनवा
ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव ||
अरे सासू के जवबवा हो दिहलू
ननदिया के गारी देत
अरे सासू के जवबवा हो दिहलू
ननदिया के गारी देत।
अरे बड के लिपल का
ए बाझीन दिहलू तू धांग
अरे बड के लिपल का
ए बाझीन दिहलू तू धांग ||
अरे एही अईगुनवा
ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव
अरे एही अईगुनवा
ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव ||

