पिया परदेशिया
जय छठी मैया !
हमरो बलम परदेशिया, छठिया में अइहें जरूर,
छठिया में अइहें जरूर, छठिया में अइहें जरूर,
होली दिवाली दशहरा, भले रहस घर से दूर,
भले रहस घर से दूर, भले रहस घर से दूर,
हमरो बलम परदेशिया, छठिया में अइहें जरूर,
छठिया में अइहें जरूर, छठिया में अइहें जरूर।
जय छठी मैया !
कार्तिक महिनवा भुलल एक बार हो,
हर साल छठिया में आ जाले बिहार हो,
बांस के बहँगिया बनाबस सईयां,
जल्दी से आदित्य गोहरावस सईयां,
जय छठी मैया,
छठी माई के करस गुणगणवा, भक्ति में रहस भरपूर,
भक्ति में रहस भरपूर, भक्ति में रहस भरपूर,
हमरो बलम परदेशिया, छठिया में अइहें जरूर,
छठिया में अइहें जरूर, छठिया में अइहें जरूर।
जय छठी मैया !
और इसे भी देखें: छठ के बरत
छठिये के मानेले परबिया महान हो.
अखिलेश लिखेले छठी माई के बख़ान हो,
दिल में अनिल के बसे छठिया नु हो,
करिले दिवाकर से बिनतिया नु हो,
जय छठी मैया,
होला अंजोर पूरा दुनिया, पा के सूरज के लोर,
पा के सूरज के लोग, पा के सूरज के लोर,
हमरो बलम परदेशिया, छठिया में अइहें जरूर,
छठिया में अइहें जरूर, छठिया में अइहें जरूर।




