छठी माई के दउरा हो

  • Chhathi Maai Ke Daura Ho

कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो,
कवने घाटे होखे जय जयकार, देखव जा के,
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो,
कवने घाटे होखे जय जयकार, देखव जा के,
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो,
कवने घाटे होखे जय जयकार, देखव जा के,
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो, कवने घाटे होखे जय जयकार।

अंगना से उठेला छठी माई के दउरा हो,
गंगा घाट होला जय जयकार, देखव जा के,
अंगना से उठेला छठी माई के दउरा हो,
गंगा घाट होला जय जयकार, देखव जा के,
छठी माई के दुअरा गुलजार, देखव जा के,
छठी माई के महिमा बा अपार, देखव जा के.
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो, कवने घाटे होखे जय जयकार।

और इसे भी देखे : छठी माई अइहें मोर अंगनवा

अपना ले मांगे रानी सेनूरा सिंधोरवा हो,
जनम जनम अहिबात, देखव जा के,
अपना ले मांगे रानी सेनूरा सिंधोरवा हो,
जनम जनम अहिबात, देखव जा के,
छठी माई से अमर सुहाग, देखव जा के,
छठी माई के महिमा बा अपार, देखव जा के.
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो, कवने घाटे होखे जय जयकार देखव जा के-०४
कहवाँ से उठेला छठी माई के दउरा हो, कवने घाटे होखे जय जयकार।


मिलते-जुलते भजन...