करि जे छठ के बरतिया हो
करि जे छठ के बरतिया हो , सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०२
करि जे छठ के बरतिया हो, सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०२
की महिमा जग में बाटे अपार, इ बतिया जानेला जग संसार-०२
जे दिहे माई के अरघिया हो, सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०२
पहिले बरत नाग कन्या इ कइली, सुनअ हो सखिया-०२
सतयुग के रहे समईया, मईया पुजैली ना-०२
की महिमा जग में बाटे अपार, इ बतिया जानेला जग संसार-०२
जे करि माई के बरतिया हो, सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०२
दूजे बरतिया सुकन्या इ कइली, सुनअ हो सखिया-०२
त्रेता के रहे समईया, मईया पुजैली ना-०२
की महिमा जग में बाटे अपार, इ बतिया जानेला जग संसार-०२
जे करि माई के बरतिया हो, सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०२
और इसे भी देखें: छठी माई अइहें मोर अंगनवा
तीजे बरत पंचाली इ कइली, सुनअ हो सखिया-०२
द्वापर के रहे समईया, मईया पुजैली ना-०२
की महिमा जग में बाटे अपार, इ बतिया जानेला जग संसार-०२
जे करि माई के बरतिया हो, सुख पाई हजार-०२
मईया के महिमा सुनअ हो सखी, बाटे जग में अपार-०४



