छठ माई के बरतिया
आइल छठी के त्यौहार, चहके लागल घर दुआर,
माई के महिमा अपार, लोगवा बोले जय जयकार।
छठी माई के करब बरतिया, भोरहरी में चार बजे-०२
सइयां लेके चलिहें माई के बहंगिया, भोरहरी में चार बजे-०२
छठी माई के करब बरतिया, भोरहरी में चार बजे-०२
देवरु लेके चलिहें सिर पे दाउरिया, भोरहरी में चार बजे-०२
ए हो सखी तनी चुनरी ले आवअ, चुनरी लाके माँ के ओढ़ावअ,
माँ के ओढ़ा के रूप सजावअ, जिंदगी आपन सफल बनावअ,
ए हो सखी तनी चुनरी ले आवअ, चुनरी लाके माँ के ओढ़ावअ,
माँ के ओढ़ा के रूप सजावअ, जिंदगी आपन सफल बनावअ,
सुनअ ए हमरी सजनिया, तू घर के लक्ष्मीनिया नु हो-०२
छठी मईया के बइठी चरनिया त, करि जा पूजनीया नु हो-०२
ए हो सखी तनी कलशा ले आवअ, कलशा गंगा जल से भरावअ,
कांच कसैली पान चढावअ, आवअ घी के दीप जरावअ,
ए हो सखी तनी कलशा ले आवअ, कलशा गंगा जल से भरावअ,
कांच कसैली पान चढावअ, आवअ घी के दीप जरावअ,
रची रही करब आरतिया, भोरहरी में चार बजे-०२
सासु संघे जाइव देवे अरघिया, भोरहरी में चार बजे-०२
और इसे भी देखें: छठ करब हम जरूर
नेमुआ नारंगी से भरल डलाइया-०२
की अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया,
अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया,
उगिहें आदित्य मल, होखीहें सहईया-०२
की अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया,
अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया,
नेमुआ नारंगी से भरल डलाइया-०२
की अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया,
अरघा चढ़ावे, सुहागिन तिवैया-०२

