गह-गह करअ ता अंगनवा
स्वर्ग से अमृत के बुनवा बरसावत बाड़ी-०२
गह-गह करअ ता अंगनवा, मईया आवत बाड़ी-०२
सज धजी सज धजी देव के दुलारी,
देखअ चलल बाड़ी सेवका दुआरी,
बघवा चलत अगवा हो, भैरो भईया संगवा संगवा हो,
लाली रे चुनरिया के जोटवा, चमकावत बाड़ी,
गह-गह करअ ता अंगनवा, मईया आवत बाड़ी-०२
और इस भजन को भी देखें: हमारी मैया हमसे ना बोले
धीरे-धीरे बह तबे पुरवा पवनवा,
मईया धरती पधारीहें चरनवा,
घिउआ के बारी के बतिया हो,
मईया के होइ आरतिया हो,
अशु प्रियांशु के हीहियरा हर्षावत बाड़ी,
गह-गह करअ ता अंगनवा, मईया आवत बाड़ी-०२






