|

मईया बाड़ी सुकवार

  • Maiya Baadi Sukwaar

आहे सेवका कवन सेवका नेउता पेठावले हो,
आहे मालिन कवन मालिन माई के बुलावले हो,

आहे सेवका कवन सेवका नेउता पेठावले हो,
आहे मालिन कवन मालिन माई के बुलावले हो,
पनवा नियन मईया पातर हो बाड़ी, फुलवा नियन सुकवार,
धीरे धीरे करीं मालिन माई के सिंगरवा, न त मईया जइहें खिसियाई।

कोमल कोमल पाँव बा लगे तनिको घाव ना,
सारा दुनिया से ज्यादा माइये से लगाव बा,

कोमल कोमल पाँव बा लगे तनिको घाव ना,
सारा दुनिया से ज्यादा माइये से लगाव बा,
की आहे बाबा कवन बाबा नेउता पेठावले हो,
की आहे ग्वाला कवन ग्वाला दुधवा ले अईले हो,
पनवा नियन मईया पातर हो बाड़ी, फुलवा नियन सुकवार,
धीरे धीरे करीं मालिन माई के सिंगरवा, न त मईया जइहें खिसियाई।

और इस भजन को भी देखें: माँ क्या याद मेरी आती नहीं

चाननी ओहार तानी अइलीं महारानी हो,
धोईहा चरनिया लाई के गंगा जी के पानी हो,

चाननी ओहार तानी अइलीं महारानी हो,
धोईहा चरनिया लाई के गंगा जी के पानी हो,
पाठक रोहित प्रीत उनके में लगइले हो,
करीना सोभिता आकाश खास भइले हो,
पनवा नियन मईया पातर हो बाड़ी, फुलवा नियन सुकवार,
धीरे धीरे करीं मालिन माई के सिंगरवा, न त मईया जइहें खिसियाई।

मिलते-जुलते भजन...