एगो बबुआ बिना

  • Ego Babua Bina

केकर लाली लाली अंखिया,
केकर लम्बी लम्बी केश-०२

सुरुज बाबा के लाली लाली अंखिया,
छठी माई के लम्बी लम्बी केश-०२
सुरुज बाबा के लाली लाली अंखिया,
छठी माई के लम्बी लम्बी केश-०२

सेनूरा के लाज नाज हवे मोर पिया,
इहे तोहसे मांगे सुहागिनिया-०२
केकर पिया परदेशवा,
केकर मनवा उदास-०२
बहु अरघी के पिया परदेशवा,
इनकर मनवा उदास-०२

और इसे भी देखें: कहवाँ से आवेली छठी मईया

सूना बाटे घरवा अंगनवा हो,
एगो बबुआ बिना-०२
पूरन नहीं मन के सपनवा हो,
एगो बबुआ बिना-०२
छठी माई से इहे बा माँगनवा हो,
एगो बबुआ बिना-०२

मिलते-जुलते भजन...