सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव
सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव,
आईं हाली छठी घाटे-०३
लेइ लिहिं हमरो अरगिया की,
दउरा उठाईं माथे-०३
सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव,
आईं हाली छठी घाटे-०३
और इसे भी देखें : छठी माई अइहें मोर अंगनवा
रात हीं से घटिया अगोर के हो बानी,
पनिया में हथवा जोड़ के हो बानी,
रात हीं से घटिया अगोर के हो बानी,
पनिया में हथवा जोड़ के हो बानी,
सुनली अरजिया हो दीनानाथ,
बड़ी मुसुकाते बाटे-०३
सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव,
आईं हाली छठी घाटे-०३
हे दीन दिवाकर अब देर ना लगाईं,
कठिन परबिया के सफल बनाईं,
हे दीन दिवाकर अब देर ना लगाईं,
कठिन परबिया के सफल बनाईं,
ललिया देखायीं ऐ सूरजदेव,
केलवा के छापे छुपे-०३
सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव,
आईं हाली छठी घाटे-०३
सात घोड़वा सजी ऐ सुरुज देव,
आईं हाली छठी घाटे-०३
