दउरा लिहलीं सजाय
मट्टीये के चुलहवा पे छठी मैया ठेकुआ दिहलीं पकाय-०२
निम्बू नरियरवा से छठी मैया दउरा लिहलीं सजाय-०२
बांस के बहँगिया हो छठी मैया सइयां लिहले जाय-०२
की सब दुःख हरिहअ सुरुज मल तिवैया जल में ठाड़,
करअ तानी छठ के बरतिया से होइह सहाय।
भुखला में छठी मैया इहे बानी माँगत,
सेन्दुरा सिंधोरा मोरा रखिहअ सलामत,
हो ओ…
भुखला में छठी मैया इहे बानी माँगत,
सेन्दुरा सिंधोरा मोरा रखिहअ सलामत,
गोदी के बालकबा हो छठी मैया हँसे मुसुकाये-०२
गइया के दुधबा हे छठी मैया भईया लिहले ठाड़-०२
सब दुःख हरिहअ हो दीनानाथ तिवैया जल में ठाड़,
करअ तानी छठ के बरतिया से होइह सहाय।
और इस गीत का भी अवलोकन करें: उगेलन सुरुज मल झांके झुके
हो कोखिया जुडौलू माई जैसे तू हमार हो,
ओसहीं अंगनवा सबके गूंजे किलकार हो,
हो ओ…
कोखिया जुड़ौलू माई जैसे तू हमार हो,
ओसहीं अंगनवा सबके गूंजे किलकार हो,
सइयां संग देबो अरगिया हो गंगा यमुना नहाय-०२
मथबा पे सुपबा डलउआ बच्चनबा लिहले जाये-०२
मोदी जी होबना कहरिया से डलबा घाटे चहुपाये,
करअ तानी छठ के बरतिया से होइह सहाय।

