छठ करे आई
बड़ी तूल बाटे !
सीट फूल बाटे !
हेलो !
हेलो !!
सुनतानी जी ?
का जी सुनाई नईखे देत ..?
हेलो !
हs .!!
हेलो राजाजी प्रणाम करतानी
छठ करे के इंतजाम करतानी
हेलो राजाजी प्रणाम करतानी
छठ करे के इंतजाम करतानी
रउवा हाली से टिकट कटा ली
कटा ली !
कईसे के घरे हम आई ऐ सजनिया हो
काहे जी ?
मिलत नईखे रिजर्वेशन
बड़ी तूल बाटे
समझs हमार सिचुएशन
झूठ मत बोली !
सीट फूल बाटे
मिलत नईखे रिजर्वेशन
हम कुछ नईखी जानत !
सीट फूल बाटे !
राउर अदतिया जानतानी जी
नाटक पसरले रहिना
कईसे ना होई कन्फर्म जी
झूठो भाषण झरले रहिना
प्लीज़ ! आ जाई ना !!
यदि कह तs जनरल बोगी से चल आई
अईसे मत करी !
बाकी देहिया के हमरा दुर्गति होई जाई
कवनो दुसरो उपईया लगा ली
अरे कोशिश तs करी !
कईसे के घरे हम आई ऐ सजनिया हो
आवहि के पड़ी !
मिलत नईखे रिजर्वेशन
बड़ी तूल बाटे
समझs हमार सिचुएशन
सीट फूल बाटे
मिलत नईखे रिजर्वेशन
अब कईसे होई ..?
रुपिया के करी जनि फेर जी
धली फ्लाइट रजऊ
अखिलेश रितेश दू चार पईसा
भले लागे टाइट रजऊ
बात सब बुझाईल नs जल्दी से आ जाई !
बड़ी हिम्मत जुटा के आवतानी ऐ धनिया
अच्छा जी !
बाकि बुझलु ना आशीष के परेशनिया
तs कही हमहू सामान सब जुटा ली
आवतानी नs ..?
करs तैयारी हमहू आवतानी धनिया हो
सही में जी ?
जा तानी एयर स्टेशन
अच्छा !
माइंड कूल बाटे
छठी मईया बुझली सिचुएशन
नाही तूल बाटे
जा तानी एयर स्टेशन
हs हs हs हs ..!
अच्छा हमहू सब सामान जुटा ले तानि !

