मईया दर्शनवा देदीं
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं,
दुर्गा मईया की जय !
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं,
लागल कतार में बानी,
लागल कतार में बानी, हमरो पे ध्यानवां देदीं,
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं-०२
बड़ा भीड़ भक्तन के, लाइन लगल बा,
रउरा दरश के मईया, मनवा पागल बा,
बड़ा भीड़ भक्तन के, लाइन लगल बा,
रउरा दरश के मईया, मनवा पागल बा,
करे के त्रिकोण बाटे,
करे के त्रिकोण बाटे, हमरो पुजनवा लेलीं,
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं-०२
और इस भजन का भी अवलोकन करें: पार करो मेरा बेड़ा भवानी
बड़ा दूर से आइल बानी, असरा लगाई के,
धन्य हो जाइब हम, चुनरी चढ़ाई के,
बड़ा दूर से आइल बानी, असरा लगाई के,
धन्य हो जाइब हम, चुनरी चढ़ाई के,
करिला निहोर तानी,
करिला निहोर तानी, अपन शरणवा देदीं,
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं-०२
मनसा पुराबेलु, जे आवे दरबार में,
आसन लगाउले वाड़ू, गंगा किनार में,
मनसा पुराबेलु, जे आवे दरबार में,
आसन लगाउले वाङु, गंगा किनार में,
पंडा चन्दन बाबा,
पंडा चन्दन बाबा, भरत के दर्शनवा देदीं,
मईया दर्शनवा देदीं, छुये के चरणवां देदीं-०४
