जुग जुग जियसु ललनवा
जुग जुग जियसु ललनवा,भवनवा के भाग जागल हो,
ललना लाल होइहे, कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो-02
जुग जुग जियसु ललनवा,भवनवा के भाग जागल हो,
ललना लाल होइहे, कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो-02
आज के दिनवा सुहावन, रतिया लुभावन हो-02
ललना दिदिया के होरिला जनमले, होरिलवा बडा सुन्दर हो-02
नकिया त हवे जैसे बाबुजी के,अंखिया ह माई के हो-02
ललना मुहवा ह चनवा सुरुजवा, त सगरो अन्जोर भइले हो-02
सासु सुहागिन बड भागिन, अन धन लुटावेली हो-02
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया, अंगनवा उठे सोहर हो-02
नाची नाची गावेली बहिनिया, ललन के खेलावली हो-02
ललना हंसी हंसी टिहुकी चलावेली, रस बरसावेली हो-02
जुग जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो-02
हो ललना लाल होइहे, कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो
ललना लाल होइहे, कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो-03