विश्वकर्मा जी के महिमा महान बा
ॐ श्री सृष्टितनया सर्वसिद्धया,
विश्वकर्माया नमो नमः।
ॐ श्री सृष्टितनया सर्वसिद्धया,
विश्वकर्माया नमो नमः।
इन्द्र के जे इन्द्रासन बनावले,
द्वापर में द्वारिकापुरी सजावले-०२
इन्द्र के जे इन्द्रासन बनावले,
द्वापर में द्वारिकापुरी सजावले,
बड़ुए बखान जेकर,
वेद और पुराण में, पुराण में,
विश्वकर्मा जी के,
विश्वकर्मा जी के, महिमा महान बा जहान में-०२
तिनहु लोक में, बाजेला गोल डंका,
अइसन बना दिहले, सोना के लंका-०२
तिनहु लोक में, बाजेला गोल डंका,
अइसन बना दिहले, सोना के लंका,
घर अइले रामजी, जेकरा पुष्पक विमान में,
विश्वकर्मा जी के,
विश्वकर्मा जी के, महिमा महान बा जहान में-०२
और इस भजन का भी अवलोकन करें : अगर विश्व में विश्वकर्मा ना होते
इहे सुदर्शन चक्र बनाइलें,
जेकरा के धारण विष्णु जी कइलें-०२
इहे सुदर्शन चक्र बनाइलें,
जेकरा के धारण विष्णु जी कइलें,
धर्म के ध्वजा फहरे, लागल असमान में,
विश्वकर्मा जी के,
विश्वकर्मा जी के, महिमा महान बा जहान में-०२