वंदन छठी माई के

  • Vandan Chhathi Maai Ke

जगमग जरे ज्योतिया आज छठी घाट पर,
केहू आबे केहू जात बा दउरबा लेके माथ पर,
पेन्ह पियरी साड़िया सेंदुरबा लगाइके,
तिवई वंदन करे आदित्य मल छठी माई के-०२
की देखअ अभिनन्दन हो ता आदित्य मल छठी माई के।

पनिया में खाड़ हो करेलीं गुहार हो,
उगीं उगीं सुरुज देव भइले भिनसार हो,
पनिया में खाड़ हो करेलीं गुहार हो,
उगीं उगीं सुरुज देव भइले भिनसार हो,
कोसिया भराईल बाटे चलनी तलाई के,
तिवई वंदन करे आदित्य मल छठी माई के-०२
की देखअ अभिनन्दन हो ता आदित्य मल छठी माई के।

और इसका भी अवलोकन करें: उगअ हे सूरज देव

ए हो छठी मैया आदित्य गोसइयां,
लेके तोरा सुपवा देखअ पड़अ ताड़ी पइयाँ,
ए हो छठी मैया आदित्य गोसइयां,
लेके तोरा सुपवा देखअ पड़अ ताड़ी पइयाँ,
रउरे के निहारअ ताड़े गंगा तीरे आइके,
तिवई वंदन करे आदित्य मल छठी माई के-०२
की देखअ अभिनन्दन हो ता आदित्य मल छठी माई के।


मिलते-जुलते भजन...