उगन न सुरुज देवा तिलक लगाय लाल
जोड़ी जोड़ी सुपवा सुरुज रखली सजाय लाल उगन न सुरुज देवा तिलक लगाय लाल।
तीन दिन से सुरुज बाबा ओठ पटुआय लाल उगन न सुरुज देवा लहन न अरगीया लाल।
हाथ जोड़ी खाड़ सुरुज बिचे धारा खाड़ लाल उगन सुरुज देवा लहन न अरगीया लाल।
एतना अरजीया सुरुज बाबा सुनहुन लाल उगलन सुरुज देवा तिलक लगाय लाल।
आदित देवा तिलक लगाय लाल।
नइहर में दिहलन सुरुज बाबा अन धन लक्ष्मी लाल
ससुरा में दिहलन सुरुजबाबा सहन भंडार लाल।
मंगीया में दिहलन सुरुज बाबा अमर सुहगवा लाल
गोदिया में दिहलन सुरुज बाबा गोदि के बलकवा लाल।



