सोनू हमरा पे भरोसा काहे नईखे
काहे बाड़ू छठ भूखल ऐ भऊजी
काहे बाड़ू छठ भूखल ऐ भऊजी
बारेसा छोट छोट लईके
सोनू हमारा पS भरोसा काहे नईखे
साल भर पS आईल बाटे परब
ठनले बानी हमहू त करब
किनले बानी सेव नारियल गोल गोल
सोनू तू छठी माई के जय बोल
जय बोल जय बोल
सोनू …….
देह बाटे पातर छीतर सुना ऐ भऊजी एक त बाड़ू तू सुखल
मुहवा झुराई तोहर मार दिहि झाई छूट जाई परब के भूखल
भऊजी छठ करा तारु पहिला, नया नया बाड़ू तुहु महिला
पूरी न छाने तोहसे गोल गोल ,पूजा पाठ मैं का देबू झोल झोल
सोनू हमारा पS भरोसा काहे नईखे
आरे भूख लागी त सुना ऐ भऊजी रोवाबु हमके धइके
सोनू हमारा पS भरोसा काहे नईखे
झूठे मुठे करा तारा हल्ला भूख के देखाएम नीर जाला
बात हम कहा तानी तोल तोल
सोनू तू छठी माई के जय बोल
जय बोल जय बोल
सोनू …….
कहेलें खेसारी सुना ऐ भऊजी जरी न दिया बाती
हसिहे धनंजय प्यारेलाल आज़ाद अउरी हसिहे श्याम देहाती
छठी घाटे छूटी छुर छुरी, रखीहा प्रियंका तानी दुरी
छठी मईया के जय जय बोल बोल, भिरवा में चलबू कईसे डोल डोल
सोनू हमारा पS भरोसा काहे नईखे
हमारा के सासु लागिहै बोले पता चली जब माईके
सोनू हमारा पS भरोसा काहे नईखे
कुछु नाही बोली हमार मम्मी, हमारा में नईखे कवनो कमी
पिट जनि झूठो के ढोल ढोल
सोनू तू छठी माई के जय बोल
जय बोल जय बोल
सोनू …….

