|

सेनूरा हमार

  • Senura Hamar

अमर ये बाबा !

अमर ये बाबा !

सेनूरा अमर ये बाबा !

तोहरा भीर आइल बानी, इहे मांगे वर ये बाबा,
इहे मांगे वर ये बाबा,
तोहरा भीर आइल बानी, इहे मांगे वर ये बाबा,
गौरे जी अइसन सेनूरा रखिहअ, अमर ये बाबा-०२

अमर ये बाबा !

अमर ये बाबा !

छूटे ना मेहंदी के रंग, संग सइयां के रहीं,
ये बाबा एहके निवेदन, चाहे लालच कहीं,
कृपा बनौले राखव,
चाहे लालच कहीं,
ये बाबा छूटे ना मेहंदी के रंग, संग सइयां के रहीं,
ये बाबा एहके निवेदन, चाहे लालच कहीं,
जुगे जुगे पियवा के, बाढ़अ उम्र ये बाबा,
गौरे जी अइसन सेनूरा रखिहअ, अमर ये बाबा-०२

अमर ये बाबा !

अमर ये बाबा !

लोकप्रिय तीज व्रत गीत

फूल में जइसन सुगंध, ये बाबा समाइल रहे,
वैसेहीं प्रीत के गाँठ, बलम से बँधाइल रहे,
गाँठ बलम से बँधाइल रहे,
फूल में जइसे सुगंध, ये बाबा समाइल रहे,
वैसेहीं प्रीत के गाँठ, बलम से बँधाइल रहे,
गरवा से आगे के ना, लागे नजर ये बाबा,
गौरे जी अइसन सेनूरा रखिहअ, अमर ये बाबा-०२

मिलते-जुलते भजन...