पहिला बेर कइनी हम परबवा छठी मैया
जय छठी मैया !
जय छठी मैया !
फल नरियलवा बजरीया से लइनी-०२
पहिला बेर कइनी हम परबवा छठी मैया-०२
जय छठी माँ !
जय जय छठी माँ !
पूजा के ना जानीला विधि विधान हो,
बाकी छठी मैया बा रउए में ध्यान हो,
पूजा के ना जानीला विधि विधान हो,
बाकी छठी मैया बा रउए में ध्यान हो,
रउए में ध्यान हो,
भुखले पियास बानी कुछुओ ना खइनी,
पहिला बेर कइनी हम परबवा छठी मैया-०२
और इसे भी देखें: छठी मईया के हो ता आगमन
जय जय छठी मैया !
जय जय छठी मैया !
गोदिया भरल रहे सेन्दुरा आबाद हो,
राखम सुहागिन माई बा फरियाद हो,
गोदिया भरल रहे सेन्दुरा आबाद हो,
राखम सुहागिन माई बा फरियाद हो,
बा फरियाद हो,
सत्यवीर सौरभ दउरा उठाइनी ,
पहिला बेर कइनी हम परबवा छठी मैया-०२

