मेकअप के फेरा अरघ के बेरा
ऐ का करऽतारु
पाउडर लगावऽतानी
आ चल ना मईलो गाव के गईल घाटे
तऽ येहिला चली का
लगइवे मेकप चल
ना चुप रहब
अरे छठी माई के बरात हऽ, स्टेशन नइखे जाए के
हमरो पाता बा, अब बस करी आवऽतानी
पूजा के सारा समान
हा
दउरा में देनी सइहार
उ तऽ देखते बानी
दू मिनट रूकी ऐ राजा, आवऽतानी होके तैयार
धान काटे जाए के बा मेला जाए के बा चल
पूजा के सारा समान दउरा में देनी सइहार
चलबू
दू मिनट रूकी ऐ राजा, आवऽतानी होके तैयार
मुरी पऽ भाड़ी लागऽता
सब केहु आ जाई घरे तऽ तू घाटे जइबु का
सब केहु आ जाई घरे तऽ तू घाटे जइबु का ……
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
फुल नाइट में चेहरा के लाइट भइल बाटे नू जंगला से दीप
काहे बानी अगूताइल ऐ सईया लगावे दी तनका क्रीम …………
भुखल बाड़ू छठ के बरऽतिया ऐ धनी
बदलऽ तू आपन अदतिया ऐ धनी
सब कुछ जानऽ तानी हम हमरा सिखऽइबु का
सब कुछ जानऽ तानी हम हमरा सिखऽइबु का
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
अइसन बोलि न सईया खेसारी पुरा मन से व्रत कइले बानी
घाटे पऽ पूजा करावे के खातिर सोनू के बोलऽईले बानी ……
कहला पऽ साच आँच लागऽता तहरा हो
निकलऽ प्रियंका तू जल्दी से बहरा हो
यादव राज देव नीलकमल के लेट करऽइबु का
यादव राज देव नीलकमल के लेट करऽइबु का ……
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
मेकअप लगऽवला के फेरा में अरघ के बेरा बीतइबू का ….
माने सब समान सरिया के मुरीये पऽ लादे के बा चल

