लिपिही पोति के कोठरिया
लिपि ही पोति के कोठरिया,
ओही में फलवा सजाय ||
लिपि ही पोति के कोठरिया,
ओही में फलवा सजाय ||
गोदी से छटकलन बलकवा,
दिहले फलवा जूठियाय ||
गोदी से छटकलन बलकवा,
दिहले फलवा जूठियाय ||
बबुआ के अम्मा निरदईया,
दिहली चटकन लगाए ||
बबुआ के अम्मा निरदईया,
दिहली चटकन लगाए ||
तड़पी के बोलेली छठी अ मैया,
बबुआ हवे नदान ||
तड़पी के बोलेली छठी अ मैया,
बबुआ हवे नदान ||


