| |

कन्हैया जन्म सोहर

  • Kanhaiya Janm Sohar

मचिया बइठल रानी यशोदा त सखी सब पूछेली हो-०२
मइया कइलू कवन व्रत नेम कन्हैया सूत पावलू हो-०३

काशी नहइलीं त्रिवेणी त औरु प्रयागराज हो-०२
सखी कइलीं व्रत एतवार कन्हैया सूत पावलीं हो-०२

मइया कइलू कवन व्रत नेम कन्हैया सूत पावलू हो,
मइया कइलू कवन व्रत नेम कन्हैया सूत पा गइलू हो-०२

और इसे भी देखें: जुग जुग जीवे री यशोदा मैया तेरो ललना

गइया के गोबरा मंगवलीं से अंगना लिपावलीं त पितरे मनावलीं हो-०२
बाबा सुरुज के अरग चढ़ावलीं कन्हैया सूत पावलीं हो,
सखी सुरुज के अरग चढ़ावलीं कन्हैया सूत पावलीं हो।

मचिया बइठल रानी यशोदा त सखी सब पूछेली हो-०२
मइया कइलू कवन व्रत नेम कन्हैया सूत पावलू हो-०२


मिलते-जुलते भजन...