जल्दी जल्दी चलो रे कहारा
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
अरे जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
हाली छठी घाटे पहुंचा दे अरघिया के भईल बेरिया
हाली छठी घाटे पहुंचा दे अरघिया के भईल बेरिया
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
काँचे काँचे बाँसवा के लचके बहँगिया
भरल दउरवा में सेब नवरंगिया
काँचे काँचे बाँसवा के लचके बहँगिया
भरल दउरवा में सेब नवरंगिया
छठी माई सबकर जगाई देली भगिया
तिवई अरघ सब देवे एके संघिया
सब लोग मिलजुल गाई की छठी मईया के गितिया
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
जल्दी जल्दी चलु रे कहारा सुरुज डूबे रे नदिया
भूखे रे पियासे रही तीन दिन रतिया
कईली जतनवा से कठिन बरतिया
भूखे रे पियासे रही तीन दिन रतिया
कईली जतनवा से कठिन बरतिया
गईया के गोबरा आ गंगा माई के मटिया
आशु नीलकमल गढ़ले छठी माई के घटिया
बदरी में जईहे लुकाई हो जाई तनिको जे देरिया