जागीं ए बाबा
प्रेम से बोलो शंकर भगवान की : जय
बोल बम जय शिव
बोल बम जय शिव
बितता पूजा के घड़ी हो,
ए राजा जल कब चढ़ी हो,
बोला ना?
बितता पूजा के घड़ी हो,
ए राजा जल कब चढ़ी हो,
कर तारे सभे इंतज़ारन हो राम,
निनिया के मातल बाबा अँखियो ना खोले हो,
दुअरा सेवकवा बाड़े खाड़न हो राम-०२
ॐ नमः शिवाय
ॐ नमः शिवाय
रिमझिम बुनी बरसे, तरसेला मनवा हो रामा,
असरा में बाटे सभे, बिछौले नयनवा हो रामा,
की धीर धर धनी,
जानी कर मन थोड़, कर ला अर्जी बाबा से हंथ जोड़,
छण छण लगता पहाड़न हो राम,
निनिया के मातल बाबा अँखियो ना खोले हो,
दुअरा सेवकवा बाड़े खाड़न हो राम-०२
और इस भजन को भी सुनें: गौरा जी रूठ गयीं
बोल बम जय शिव
बोल बम जय शिव
जैकारा,
जैकारा से होला जग में, साँझ भोरहरिया हो,
उहे काहे अभीले ना खोलले नजरिया हो,
हो जागीं जागीं बाबा, ढ़ेर भइले बेर,
हमर धनिया ना आइले पहिलान बेर,
पवन रोशन करेले गोहरन हो राम,
निनिया के मातल बाबा अँखियो ना खोले हो,
दुअरा सेवकवा बाड़े खाड़न हो राम-०२