हे तुलसी मईया
जय जय माँ !
जय जय माँ !
जय तुलसी माँ !
हमरा अंगनवा के शोभा बढ़ईह-०२
अरे हमरा अंगनवा के शोभा बढ़ईह,
ख़ुशी बरसईह ए तुलसी मईया-०२
दुखवा विपतिया के बदरी हटईह-०२
अरे ख़ुशी बरसईह हे तुलसी मईया,
सुख बरसइह हे तुलसी मईया,
ख़ुशी बरसइह हे तुलसी मईया,
सुख बरसइह हे तुलसी मईया।
जय हो तुलसी माँ !
जय हो तुलसी माँ !
हरीयर डरिया आ हरीयर पतईया,
जेही भी पुजेला रहे हरीयर ए मईया,
हां हरीयर डरिया आ हरीयर पतईया,
जेही भी पुजेला रहे हरीयर ए मईया,
हरीयर हमरो जिनिगिया बनईह-०२
जीवन दमकईह हे तुलसी मईया,
ख़ुशी बरसईह हे तुलसी मईया-०२
सुख बरसईह हे तुलसी मईया।
और इस भजन से भी आनंदित हों: मेरे आँगन में तुलसी लहराये रे
जय जय माँ !
जय जय माँ !
जय तुलसी माँ !
सँझिया फजीरे राउर भोगवा लगाईब,
घूमी घूमी अंगना में दीयना देखाईब,
हां हां सँझिया फजीरे राउर भोगवा लगाईब,
घूमी घूमी अंगना में दीयना देखाईब,
अन्नू धर्मेंदर के भगिया जगईह-०२
भगिया जगईह माई भगिया जगईह,
अरे कृपा बनईह ए तुलसी मईया,
सुख बरसईह हे तुलसी मईया,
ख़ुशी बरसईह हे तुलसी मईया,
सुख बरसईह हे तुलसी मईया,
ख़ुशी बरसईह हे तुलसी मईया,
सुख बरसईह हे तुलसी मईया।



