गणेश चतुर्थी गणेश जी के सोहर
गंगा के मटिया मंगाईला, बेदिया सनाईला हो,
गंगा के मटिया मंगाईला, बेदिया रंगाईला हो,
ललना ताहि बेदिया बइठलन गणेश बाबा, ओढ़ेलन पीताम्बर हो
ए ललना ताहि बेदिया बइठलन गणेश बाबा, ओढ़ेलन पीताम्बर हो।
घुरिनी घुरिनी पूजा करीला, मंगौना एक मांगीला हो,
निहुरी निहुरी पूजा करीला, मंगौना एक मांगीला हो,
ए ललना हथवा पे लेले पान फुलवा, गणेश पूजा करीला हो-०२
और इस भजन को भी देखें: देवा श्री गणेशा
बेटा जे मांगी नारियर अइसन, बेटिया लवंग अइसन जी-०२
गणेश जी सोनवा जे मांगीला हरदी अइसन, चनिया दालिया अइसन जी-०२
का करबू बेटा नारियर अइसन, बेटिया लवंग अइसन हो-०२
ए तेवड़ी का करबू सोनवा हरदी अइसन, चनिया दालिया अइसन हो-०२
धन लागी बेटा नारियर अइसन, बेटिया लवंग अइसन जी-०२
गणेश जी पहिरे लागी सोनवा हरदी अइसन, चनिया दालिया अइसन जी-०३