डोमिन बेटी सूप लेले

  • Domin Beti Sup Lele

डोमिन बेटी सूप लेले ठाड़ बा
डोमिन बेटी सूप लेले ठाड़ बा !
सूप लेले ठाड़ बा
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !
अरघ के बेर हो पूजन के बेर

मालिन बेटी फूल लेले ठाड़ बा
मालिन बेटी फूल लेले ठाड़ बा !
सूप लेले ठाड़ बा
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !
अरघ के बेर हो पूजन के बेर

निर्धन कोढ़ी राहे बाटे ठाड़ हे
निर्धन कोढ़ी राहे बाटे ठाड़ हे !
राहे बाटे ठाड़ हे
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !
अरघ के बेर हो पूजन के बेर

पान सोपाड़ी पकवान लेले ठाड़ हे
पान सोपाड़ी पकवान लेले ठाड़ हे !
कोशीय लेले ठाड़ हे
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !
अरघ के बेर हो पूजन के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !
अरघ के बेर हो पूजन के बेर
उगs हो सुरुज देव अरघ के बेर !

मिलते-जुलते भजन...