छठी मईया के हो ता आगमन

  • Chhathi Maiya Ke Ho Ta Aagman

जय जय छठी मईया छठी मईया !
जय जय मईया !
जय जय छठी मईया छठी मईया !
जय जय मईया !
हरियर दुब अब त छिलाये लागल,
गंगा जी के घाट चारु ओर लिपाये लागल,
जय जय छठी मईया छठी मईया !
जय जय मईया !
हरियर दुब अब त छिलाये लागल,
गंगा जी के घाट चारु ओर लिपाये लागल,
होखे लागल बा पूजा अर्चन,
छठी मईया के हो ता आगमन,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
छठी मईया के करअ स्वागतम्।

सजल बाजार सेउवा अनार,
नारियल शरीफा सिंघाड़ा बिकाता,
सजल बाजार सेउवा अनार,
नारियल शरीफा सिंघाड़ा बिकाता,
घर-घर के कोन गमकता सोंध,
काहे की पूड़ी आ ठेकुआ छनाता,
पूरा युपी बिहार बा मगन,
छठी मईया के हो ता आगमन,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
छठी मईया के करअ स्वागतम्।

जय जय छठी मईया छठी मईया !
जय जय मईया !
जय जय छठी मईया छठी मईया !
जय जय मईया !
श्याम आजाद दिवाली के बाद,
जाये के रहले बम्बे ना गईले हो,
श्याम आजाद दिवाली के बाद,
जाये के रहले बम्बे ना गईले हो,
छोड़ी अरब मनावे परब,
सब परदेसी घरे आ गईले हो,
मेहरी संगे छठ करीहें पवन,
छठी मईया के हो ता आगमन,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
स्वागतम् स्वागतम् स्वागतम्,
छठी मईया के करअ स्वागतम्।


मिलते-जुलते भजन...