छठी मैया सुनली गोहार

  • Chhathi Maai Sunli Gohaar

बबुआ जे रहिते तs माई माई कहिते
जय छठी माँ ! जय छठी माँ !
हां.. बबुआ जे रहिते तs माई माई कहिते
इहे एगो आसरा ना पुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू !
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो !!

जय छठी मईया !
के लेके जाई हो माथ पs दउरवा
के ई करी पियरी ओहार
बिलखी बिलखी रोवे घाटे बँझिनिया
छठी मईया सुन ली गोहार
घाटे कोशी भरती आदित्य नाम धरती
लागल असरवा के तुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू !
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो !!

सुन ली पुकार मईया !
भर दी गोदिया हमार मईया !!
जय छठी मईया !
सभे बरत करता कोशिया के भरता
देखी नैना ढारे हमार लोर
हंसी हंसी दुनिया हो कहता बझिनिया हो
सुनी मन पवन होला थोर
अरुण बिहारी अरज करे दुवारी
अरजी ना तोहरा माँ जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू !
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो !!

मिलते-जुलते भजन...