बेल पता से भोला के नाता, का बा?
नमः शिवाय
नमः शिवाय
नमः शिवाय
शिवाय
ॐ नमः पार्वती पतये,
हर हर महादेव!
मन में,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
नाता का बा, नाता का बा,
नाता का बा, ताहरा नाता का बा,
चला आज कइल जा पता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा।
और इस भजन को सुनें: शंकर तू जो मिला मुझे सब है मिला
जय हो
एगो तिनका में तीन गो पतउवा में,
तिरलोक तिरपुरारी जिनके नउआ में,
तिरशूलवो में तीने गो धार रहे हो,
तीन लाइन के टीका निहाल रहे हो,
नाता का बा, नाता का बा,
नाता का बा, ताहरा नाता का बा,
धीरे धीरे,
धीरे धीरे लगता बुझाता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा।
सागर मंथन के बतिया बा गहरी नु हो,
भोला पी गइले ज़हर के गगरी नु हो,
बिष कंठ में असरवा अपन करे लगल,
पूरा सृष्टि के तोड़ तोड़ जारी लगल,
नाता का बा, नाता का बा,
नाता का बा, ताहरा नाता का बा,
देवन के,
देवन के टोली घबराता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा।
बोला जय हो भोले नाथ, बोला जय हो भोले नाथ
बोला जय हो भोले नाथ, बोला जय हो भोले नाथ
जब पताही के पीस के दियाइल हो,
हमरा बाबा के ठंढक बुझाइल हो,
एहि पतहिया में बाबा के प्यार बसे ला,
शिव साथ साथ पूरा परिवार बसे ला,
नाता का बा, नाता का बा,
नाता का बा, ताहरा नाता का बा,
यही से,
यही से विजय जी चहाता यही की,
बेल पता से भोला के नाता का बा,
मन में सवाल उठल जा ता इहे की,
बेल पता से भोला के नाता का बा।