बरत राउर कइले बानी
पेनही के पियरिया, बार के दियरिया,
जय छठी मईया,
पेनही के पियरिया, बार के दियरिया,
दउरा में सजल बानी, फल फलहरिया,
घिउआ में ठेकुआ, बनाउले बानी जी,
तीन दिन सही आदित्य, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
तीन दिन सही राउर, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
जय जय छठी मईया ।
मांग तानी अतने आशीष एह गोसाइयाँ,
जिनगी में आवे नाहीं, दुखवा बलईया,
सुखी घर भर रखिह, सब पर नजर रखिह,
बाटे विश्वास, आस लगाउले बानी जी,
तीन दिन सही आदित्य, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
तीन दिन सही राउर, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी।
और इसे भी देखें : वंदन छठी माई के
हाथ जोड़ी ध्यान कईनी, पुरुब के ओरिया,
लाली लउकाई, भईल अरघ के बेरिया,
अंखिया निहारे रहिया, भुखला से थकल देहिया,
तिवई के काहे छछनाईले बानी जी,
तीन दिन सही आदित्य, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
तीन दिन सही राउर, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
तीन दिन सही आदित्य भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी,
तीन दिन सही राउर, भुखिया प्यासिया,
बरत राउर कइले बानी जी।


