अंगना में तुलसी
जय जय माँ जय जय माँ
जय जय माँ जय जय माँ
रोजी रोजगार तोहर फल फूल जाई, लक्ष्मी जी होइहें सहईया हो-०२
आ अंगना में तुलसी के गछिया लगावअ, दुअरा पर रखअ धेनु गईया हो,
अंगना में तुलसी के गछिया लगावअ, दुअरा पर रखअ धेनु गईया हो।
निस दिन तुलसी के जल जे चढ़ावेला, पावेला मन जोग फल,
गईया के पहिला रोटी जे भी खिआवेला, अन्न धन से रहेला भरल,

रिद्धि सिद्धि संगे लक्ष्मी मैया, अइहें तोरे अंगनइया हो,
आ अंगना में तुलसी के गछिया लगावअ, दुअरा पर रखअ धेनु गईया हो,
अंगना में तुलसी के गछिया लगावअ, दुअरा पर रखअ धेनु गईया हो।
और इस भजन का भी अवलोकन करें: दे तुलसी मैया वरदान इतना
जय जय माँ जय जय माँ
जय जय माँ जय जय माँ
तुलसी पतईया से भोगवा लगाईवअ, त खाली नहीं रही भंडार,
गईया के सेवा से मिलेला मेवा हो, हंसी ख़ुशी रहे परिवार,

मटिया से जिनगी होई जाला सोना, जे पूजे गईया के पइयाँ हो,