आवअ आवअ सुरुज देव

  • Aava Aava Suruj Dev

आवअ आवअ सुरुज देव रथवा सजवले हो,
संगे संगे छठी माई के हमरा बइठावले हो,
जय जय जय छठी मईया !
जय जय जय छठी मईया !
आवअ आवअ सुरुज देव रथवा सजवले हो,
संगे संगे छठी माई के हमरा बइठावले हो,
पनिया में खड़ा वाड़ी दे द दर्शनवा,
तिवई के सुन ल अरजिया हो,
जबले ना अइबअ देव आँखि के सामानवा,
पूरा होखे पाई ना बरतिया हो।

जय छठी मईया !

भूखल शरीरिया बा देह भहराइ,
गिर जाई बरती त कइसे गोहराई,

भूखल शरीरिया बा देह भहराइ,
गिर जाई बरती त कइसे गोहराई,
आवअ देव आवअ देव धोतिया रंगावले हो,
संगे संगे गंगा माई के हमरा बुलाबेले हो,
पनिया में खड़ा वाड़ी दे द दर्शनवा,
तिवई के सुन ल अरजिया हो,
जबले ना अइबअ देव आँखि के सामानवा,
पूरा होखे पाई ना बरतिया हो।

और इसे भी देखें: कहाँ पइबो सोने कटोरवा

जोड़े जोड़े ठेकुआ बा जोड़े जोड़े फलवा,
दउरा भरल देव देहबो अरघवा,

जोड़े जोड़े ठेकुआ बा जोड़े जोड़े फलवा,
दउरा भरल देव देहबो अरघवा,
विनय बिहारी गावे कल्पना के गीतिया हो,
देवता पूरन करअ बरती के असिया हो,
पनिया में खड़ा वाड़ी दे द दर्शनवा,
तिवई के सुन ल अरजिया हो,
जबले ना अइबअ देव आँखि के सामानवा,
पूरा होखे पाई ना बरतिया हो।


मिलते-जुलते भजन...