आईल बा छठ
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मईया नु हो,
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मैया नु हो,
व्रत करव हमहुँ सून रे बहिनिया, आइल बा छठ के समईया नु हो,
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मईया नु हो।
तीन दिन तीन रतिया के ह व्रतिया, पड़े सुरुज देवता के अरघिया,
गंगा नहाईहा व्रत शुरू करिहा, हमरा संगे बहिनी चालिहा बजरिया,
फल दौरा गुड़ गेहुआँ लिहा सुपुलिया, छठ मैया होइहें सहईया नु हो,
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मैया नु हो।
भर मांगे सेनूरा के रखिया सजाईहा, छठी मईया में आपन मनवा रमईहा,
धोई धाई गेहुआं सुखाईहा पिसाईहा, अमवा के लकड़ी से ठेकुआ पकाईहा,
उखियो मँगा लिहा कोसिया भराई, छठी मईया होइहें सहईया नु हो,
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मैया नु हो।
और इसे भी देखें : कहवाँ से आवेली छठी मईया
विनय बलमु दउरा धा लीहें सिरे, जाइब अरघ देवे सँझिया फजीरे,
एही व्रतिया ला बाहर से आईनी, चल तू लेके बहिन गंगा तीरे,
जल थल सेईहा भजन गीत गाईहा, नजर करीहें सुरुज गोसाइयाँ नु हो,
सपना में रतिया कार्तिक देव अईले, रहली संगे छठी मैया नु हो।



