| |

भादो की रतिया भयावन घटा घन घेरेली हे

  • Bhaado ki ratiya bhayaawan Ghata ghan ghereli he

भादो की रतिया भयावन
घटा घन घेरेली हे
ललना चम् चम् चमके बिजुरिया
डगर नहीं सुझेला हो

आधी रतिया भइले त मोहन जनम लेले हो
आधी रतिया भइले त मोहन जनम लेले हो
ललना खुल गईले जेल के फटकवा
पहरेदार सूत गईले हो

सूप में से गोड़ लटकौले
की यमुना में डाल देहले हो
सूप में से गोड़ लटकौले
की यमुना में डाल देहले हो
ललना यमुना के जल भईले थोर त वसुदेव पार भईले हो

पहुँचले गोकुला नगरीया
त नन्द के भवन पहुंचे हो
पहुँचले गोकुला नगरीया
त नन्द के भवन पहुंचे हो
ललना यशोदा के गोदिया सुतावे
त हिया लेई मथुरा अईले हो

मिलते-जुलते भजन...