तुलसी विराजे अंगनवा हो
तुलसी विराजेले अंगनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा-०२
मांगअ वरदानवा, सखी मांगअ वरदानवा-०२
धइलअ तू इनके ध्यानवा हो, सखी मांगअ वरदानवा,
तुलसी विराजेले अंगनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा।
तुलसी के पत्तिया-पत्तिया बइठल बाड़े हरी जी,
बइठल बाड़े हरी जी हो बइठल बाड़े लक्ष्मी जी,
तुलसी के पत्तिया-पत्तिया बइठल बाड़े हरी जी,
बइठल बाड़े हरी जी अरे बइठल बाड़े लक्ष्मी जी,
उनहुँ से मांगअ अन्न धनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा-०२
तुलसी के डढ़िया-डढ़िया बइठल बाड़े कान्हा जी,
बइठल बाड़े कान्हा जी, बइठल बाड़े रुक्मिन जी,
तुलसी के डढ़िया-डढ़िया बइठल बाड़े कान्हा जी,
बइठल बाड़े कान्हा जी, अरे बइठल बाड़े राधा जी,
उनहुँ से मांगअ दर्शनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा,
तुलसी विराजेले अंगनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा।
तुलसी के मंजर-मंजर बइठल बाड़े भोला जी,
बइठल बाड़े भोला जी, बइठल बाड़े गौरा जी,
तुलसी के मंजर-मंजर बइठल बाड़े भोला जी,
बइठल बाड़े भोला जी, बइठल बाड़े गौरा जी,
उनहुँ से मांगअ सुहागवा हो, सखी मांगअ वरदानवा,
तुलसी विराजेले अंगनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा।
और इसे भी देखें: करो सत्कार तुलसी मैया का
तुलसी के छइयां बइठल बाड़े श्री राम जी,
बइठल बाड़े राम जी, अरे बइठल बाड़े सीता जी,
तुलसी के छइयां बइठल बाड़े श्री राम जी,
बइठल बाड़े राम जी, अरे बइठल बाड़े सीता जी,
उनहुँ के धई ला चरनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा,
तुलसी विराजेले अंगनवा हो, सखी मांगअ वरदानवा।


