दुर्गा माई
दुर्गा माई
जय माँ !
जय माँ !
जय दुर्गे माँ !
जय जय माँ,
जय माँ,
जेकर पूजा रोज करीला, का वो हमके जानेली,
का यह बेटा के महतारी, चेहरा से पहिचानेली,

कहवाँ रहेली दुर्गा माई, हमके पता बताई देतू ,
मालिन एक दिन चल के, माई से मिलवाई देतू-०२
जगह जगह मंदिर में लागल, जईसन उनकर मूरत बा,
का सचहु में ओतने हाथ बा, एकदम वैसेहिं सूरत बा,

कइसन लागेली सामने से, हमके तनी दिखाई देतू,
मालिन एक दिन चल के, माई से मिलवाई देतू-०२
जय माँ !
जय माँ !
जय दुर्गे माँ !
जय जय माँ,
जय माँ,
बिन देखले बिन जानले सुनले, पूजत उम्र बिता दिहली,
महतारी बेटा के अपने, कहियो दर्शन ना दिहली,
और इसे भी देखें: मेरा छोटा सा परिवार मैया आ जाओ एक बार
जय माँ,
बिन देखले बिन जानले सुनले, पूजत उम्र बिता दिहली,
महतारी बेटा के अपने, कहियो दर्शन ना दिहली,
तोहरे घरे बा आना जाना, परिचय तनी कराइ देतू,