मईया वीणाधारी
की दुनों हाथ जोड़ी राउर,
दुनों हाथ जोड़ी राउर अरे करिले गोहारि, लचार बुझी ना,
की मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना-०३
चली आब लेके माई,
चली आब लेके माई हंस के सवारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना-०३
राम जइहें वन में, पीटा गइले डंका-०२
मरी न रावण, जरी नाहीं लंका-०२
राम जइहें वन में, पीटा गइले डंका,
मरी नहीं रावण, नाहीं जरीहें लंका,
फेर देहलू मति पल में,
फेर देहलू मति माई सोची विचारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना-०३
यहाँ देखें: सरस्वती चालीसा
जब कउनो लड़का के डगर भुला ला-०२
दउड़ल रउरे दुअरिया पे जा ला-०२
जब कउनो लड़का के डगर भुला ला,
दउड़ल रउरे दुअरिया पे जा ला,
पंडित गौरी राउर,
पंडित गौरी राउर चरण पखारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना-०३
दुनों हाथ जोड़ी राउर ,
दुनों हाथ जोड़ी राउर चरण पखारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना,
मईया ये हो वीणाधारी, लचार बुझी ना-०३


