ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs

  • Ai Piya Sukahl Khali Nariyar Liha

सुरुज गोसईया ! जय हो छठी मईया !
जय छठी मईया ! जय जय छठी मईया !

अरे जा तानी बाजारे धनि का का लेके आई
बोलs ना हो
जय छठी मईया ! जय जय जय !
हां हां ठेकुआ बनावे खातिर अंगउ गेहुँआ
धो लs ना हो

अरे साठी चउरा धान जवन ले अईनी बिहान
केहू मांगे तs थोड़ा थोड़ा दिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs
जय हो छठी मईया ! आदित गोसईया !

मोलाई ना हम करब पईसा ना कम करब
पूजा भर मन करब तनी ना भरम करब
अच्छा !

जय छठी मईया !
अरे सुपली बलम अनमोल लेहब
केला के घवध गागल गोल लेहब
अरे ढकना आ ढकनी ऐ धनि कलश
जवन दियरी लियाईब ओपर बरिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs
सुरुज गोसईया ! जय हो छठी मईया !

लेहब सुपली जोड़े जोड़े अरघ दिहs भोरे भोरे
खड़ा रहिहs हथवा जोड़ी देखिह सुरुज के ओरी
अच्छा ठीक बा !

जय हो जय हो जय हो सुरुज देव !
हां अरघ ला पवन के बोलाएब पिया
गीतिया खेसारी के बजाएब पिया
तs देबु सुरुज के अरघ मन होई गदगद
घरे आके ऐ धनि पानी पिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs
ऐ पिया सुखल खाली नरियर लिहs
बाकी फलवा हरियर लिहs

मिलते-जुलते भजन...