आदित मनाईला हो

  • Aadit Manaila Ho

भोरवे में नदिया नहाईला आदित मनाईला हो

बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो

(बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो)

अस धरवाईब सईया अन्हरिया से बोझिल हो

बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो

(बाबा अँगने में मांगीला अंजोर ई मथवा नवाईला हो)

गजमोती चउका पुराईला अंचरा बिछाईला हो

बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो

(बाबा अँगने में फूलवा तs लागेला फलवा न खाईला हो)

ताना देके कहेले गोतीनिया ई बाँझ बा बहिनिया नु हो

बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो

(बाबा सुनी सुनी बोलिया गोतीनिया मो लोरवा बहाईला हो)

चुप रहु धीर करूँ दुखिया ना सुन रही कोखिया नु हो

बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो

(बस आजु के नव ये महिनावा होरिला मुस्काईला हो)

बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो

(बाबा फूलवा अक्षतवा चढ़ाईला सब गुण गाईला हो)

मिलते-जुलते भजन...