अंगना में पोखरी खनाईब
अंगना में पोखरी खनाईब
छठी मईया अईहs ना आज
छठी मईया अईहs ना आज
दुआरा पs तम्बुआ तनाईब
छठी मईया अईहs ना आज
छठी मईया अईहs ना आज
अंगना में पोखरी खनाईब
छठी मईया अईहs ना आज
छठी मईया अईहs ना आज
अंचरा से गलिया बहारब
छठी मईया अईहs ना आज
छठी मईया अईहs ना आज
केलवा डाला फरी लाईब
ताहि पर पियरी ओहार
ताहि पर पियरी ओहार
हाथी पर कलशा बईठाइब
ताहि पर दिया जगमगाये
ताहि पर दिया जगमगाये



